गाजीपुर जिला के नोनहरा इलाका में आजु कुछ हथियारबंद अपराधी लूट का नीयत से आलू व्यवसायी के गोली मरले आ उनकर कागजात वाल थैला छीन के फरार हो गइले.
पुलिस बतावत बिया कि सम्मनपुर निवासी आलू व्यवसायी हरिनन्दन गुप्ता अपना बेटा मुन्ना साथे मोटरसाइकिल से अलावलपुर कोल्ड स्टोरेज से आलू खरीदे निकलल रहलें. घर से कुछ दूर जाते एगो सुनसान जगहा पर मोटरसाइकिल चढ़ल दू गो बदमाश ओवरटेक क के रोक लिहले सँ, आ उनकर बैग छीने लगले सँ. एह दौरान व्यवसायी विरोध कइले त उनका के गोली मार के बैग ले के भाग गइले सँ.
व्यवसायी के इलाज ला जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ उनकर खराब हालत देख वाराणसी ला रेफर कर दिहल गइल. व्यवसायी के बेटा बतवले कि छीनाइल बैग में कुछ जरूरी कागजात आ थोड़िका पइसा रहल.
पुलिस मामिला दर्ज कर के लुटेरन के तलाश ला वाहन चेकिंग कइलसि. पकड़इला के कवनो खबर अबहीं ले नइखे.
(वार्ता)
0 Comments