दस हजार रुपिया के इनामी बदमाश गिरफ्तार

जौनपुर जिला के खुटहन इलाका से काल्हु देर रात पुलिस दस हजार रुपिया के इनामी बदमाश के धर दबोचलसि. प्रभारी पुलिस अधीक्षक/अपर पुलिस अधीक्षक डा. श्रीपति मिश्र आज बतवले कि जफराबाद इलाका के देबई उर्फ संजय उर्फ यदुनाथ पिछलके साल 2012 से फरार चलत रहुवे. काल्हु देर रात खबर मिलल कि देबई आ दू गो अउर बदमाश पिलकिछा पुल का लगे डकैती के योजना बनावत बाड़े. खबर पवते पुलिस मौका पर चहुँपल आ घेराबंदी कइलसि त बदमाश गोली चलावत भागे लगले. पुलिसो जवाबी कार्रवाई कइलसि आ देबईआ के धर दबोचलसि. बाकिर ओकर दू गो संघतिया भाग निकलले सँ.

पुलिस अब ओह फरार बदमाशन का पीछे पड़ल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।