“हिन्दू आतंकवादी” असीमानंद के न्यायायिक हिरासत में भेजल गइल

स्वामी असीमानन्द के बयान का बाद राष्ट्रीय जाँच एजेन्सी अदालत में कहलसि कि अब ओकरा असीमानन्द के अपना हिरासत में राखे के जरुरत नइखे काहे कि ऊ जाँच पूरा कर लिहले बा. एकरा बाद अदालत असीमानन्द के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहलसि. समझौता एक्सप्रेस विस्फोट काण्ड के सूई “हिन्दू आतंकवाद” का तरफ मोड़े में सफल रहल राष्ट्रीय जाँच एजेन्सी स्वामी असीमानन्द के बयान के लीक करा दिहलसि. लीक का बाद कहल जात बा कि ओकरा से नुकसान हो गइल आ अब बाकी अपराधी जल्दी पकड़ में ना अइहें. बाकिर केन्द्रीय गृहमंत्रालय एह लीक के दोषी अधिकारी का खिलाफ कवनो कार्रवाई ना करी काहे कि ओकरा से मिलल राजनीतिक फायदा जाँच में आवे वाला बाधा से बेसी कीमती बा. असीमानंद पश्चिम बंगाल के मूल निवासी हउवन आ बाद में संघ कार्य में लागल रहलें. असीमानंद के कबुलिया बयान का बाद संघ प्रमुख भागवतो कहले बाड़े कि कुछ अतिवादी तत्व संघ में आ गइल बाड़े जवना लोग के संघ से बाहर कइल जा रहल बा. भागवत का बयान से दिग्विजय सिंह के चेहरा पर कुटिल मुस्की आ गइल बा आ अब ऊ कहत बाड़े कि जवना लोग के संघ अतिवादी मान के निकललसि ओह लोग का बारे में पुलिस के बतावल चाहत रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।