अभिनेत्री गुंजन पंत बनली फिल्म निर्माता

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका गुंजन पंत अब अभिनय का संगे-संग फिलिम निर्माणो में आ गइल बाड़ी. मौजूदा दौर के ई पहिलका नायिका हई जे फिलिम बनावे चलल बाड़ी. गुंजन पंत निर्माता चेतन राठौड़ संगे मिलके भोजपुरी फिल्म ‘मुन्नी बदनाम भईल सईंया तोहरे खातिर’ बनावत बाड़ी. प्रिशा आर्ट्स के बैनर तले बनेवाली एह फिलिम के प्रस्तुतकर्ता हउवें जितेश दुबे. संजीव बोहरणी आ संदीप तिवारी एह फिल्म के निर्देशन करीहें.

‘मुन्नी बदनाम भईल सईंया तोहरे खातिर’ के कथा-पटकथा आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा लिखले बाड़न. कला निर्देशक अंजनी तिवारी, आ लाईन प्रोड्यूसर निलाभ तिवारी हउवें. गुंजन एह फिलिम में अभिनय नइखी करत. उनकर कहना बा कि चेतन राठौड़ आ उनुकर पूरा धेयान फिलिम बनावे पर बा आ ई उनकर ड्रीम प्रोजेक्ट हवे.

शूटिंग अगिला महीना उत्तर प्रदेश में कइल जाई आ रानी चटर्जी, दीपक दुबे अउर बृजेश त्रिपाठी एकर मुख्य कलाकार होखीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।