‘संसार’ के जलवा

Khesari-Anjana-Sansaarसुपरस्टार खेसारीलाल यादव के हालिया रिलीज फिलिम ‘संसार’ के जलवा पूरा बिहार में चलत बा. पिछला शुक का दिने रिलीज एह फिलिम के बिहार के 39 सिनेमाघर में रिकार्ड ओपनिंग मिलल. एस.आर. 39 फिल्म्स आ कृष्णदीप इंटरटेनमेंट के परोसल एह फिलिम के देखे खातिर औरतन के हुजूम उमड़त बा.

एह समहर पारिवारिक फिलिम में खेसारीलाल यादव, अंजना सिंह, ब्रजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुवेर्दी, जुनेर खान, रितु पाण्डेय, अक्षिता शेट्टी, आशा तिवारी, माया यादव आ कुणाल सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

निर्माता हउवें शंकर रोहड़ा आ माया यादव. निर्देशक असलम शेख. ‘संसार’ में एगो परिवार के दुख-सुख के कहानी देखावल गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।