सन्यास लेबे के एलान कर दीहले सचिन

क्रिकेट के भगवान कहाए वाला सचिन तेदुलकर नवंबर मे वेस्टइंडीज के खिलाफ घरेलू टेस्ट सीरीज मे आपन 200वां टेस्ट खेलला का बाद अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास ले लीहें.
क्रिकेट के बेताज बादशाह सचिन आजु भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के चिट्ठी लिख के अपना संन्यास के घोषणा क दिहले. अबही ले एहपर अटकल लागत रहुवे कि सचिन एह सीरीज का बादो खेलत रहीहें लेकिन टेस्ट आ वनडे मे सबले अधिका मैच, रन, आ शतकन के विश्व रिकार्डधारी सचिन ई घोषणा क के तमाम अटकलन पर विराम लगा दिहलन.
क्रिकेट के बादशाह सचिन तेदुलकर के 24 साल का शानदार करियर मे नवम्बर अउर दिसम्बर के महीना आ दस के संख्या के दिलचस्प संयोग रहल बा.
सचिन आपन क्रिकेट करोयर 16 साल का उमिर में 15 नवम्बर 1989 के कराची में पाकिस्तान का खिलाफ शुरु कइले रहले. उहो नवम्बर रहे आ अब जब सन्यास लीहें त उहो महीना नवम्बरे के रही.
सचिन अपना वनडे करियर के शुरुआत 18 दिसम्बर के गुजरांवाला मे पाकिस्तान का खिलाफ कइले आ वनडे से संन्यासो दिसम्बरे में लिहले जब पिछला साल दिसम्बर मे पाकिस्तान का खिलाफ एकदिना सीरीज से पहिले वनडे से अपना संन्यास के ऐलान कइले रहले. अलग बात बा कि आखिरी एकदिना सचिन मार्च 2012 मे खेलले लेकिन संन्यास के घोषणा दिसम्बर मे कइले रहले.
सचिन खातिर दस के संख्या बेहद शुभ रहल बा. वनडे में सचिन दस के जर्सी पहिर के खेलत रहले. आ जब काल्हु टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लिहले त तारीख रहल 10 अक्टूबर.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।