सपा सरकार पर शिया समाज के अनदेखी करे के आरोप लगवले हसन मेहदी

जौनपुर में पत्रकारन से बतियावत आल इण्डिया शिया जागरण मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष हसन मेहदी कहलन कि प्रदेश के सपा सरकार शिया समाज के अनदेखी करत बिया. कहलन कि आजु भइल मंत्रिमंडल विस्तार से सपा के असली चेहरा सामने आ गंइल आ अगिला चुनाव में शिया समाज सपा के मुखालिफत करे के मन बना लीहले बावे.
हसन मेहदी के कहना रहे कि गाजीपुर के जहूराबाद विधानसभा से सादाब फातिमा सपा से दुसरका बेर विधायक चुनाइल बाड़ी बाकिर उनको के मंत्रिमंडल से फरका राखल गइल बा. कहलन कि सपा के ध्यान मे राखे के चाहीं कि एक दर्जन से अधिका सीट पर शिया वर्ग के मतदाता निर्णायक भूमिका अदा करेला. अगर सपा अइसहीं शिया समाज के अनदेखी करत रहल त शिया वर्ग ओकरा से किनारा कर ली.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।