एशियन हाकी चैपियनशिप मे के कप्तानी मनप्रीत का जिम्मे

नयी दिल्ली. 28 अक्टूबर (वार्ता) मिडफील्डर मनप्रीत सिंह जापान मे दू से दस नवंबर ले चले वाला तिसरका एशियन हाकी चैपियन्स ट्राफी . मे 18 सदस्य वाली जवना भारतीय टीम के कप्तानी करीहें.

हाकी इंडिया सोमार का दिने एह बात के जानकारी दिहलसि. मिडफील्डर कोठाजीत सिंह के उपकप्तान बनावल गइल बा.

एशियन चैपियन्स ट्राफी खातिर चुनाइल टीम मे गोलकीपर..सुशांत टिर्की आ हरजोत सिंह, डिफेडर…गुरजिंदर सिंह, अमित रोहिदास, सुरेद्र कुमार, सुखमनजीत सिंह, आ प्रदीप मोर, मिडफील्डर…प्रभदीप सिंह. मनप्रीत सिंह. सतबीर सिंह. हरजीत सिंह. इमरान खान.आ कोठाजीत सिंह, फारवर्ड…मलक सिंह. मनदीप सिंह. तलविंदर सिंह. अकाशदीप सिंह.आ रमनदीप सिंह रहीहें. वैकल्पिक खिलाड़ीयन में ..जगदीप दयाल गोलकीपर, गगनदीप सिंह. जरमनप्रीत सिंह, ललित उपाध्याय, अफान यूसुफ आ अमोन मिराश टिर्की के राखल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।