यूपी आईटीआई में पचासी फीसदी आरक्षण

उत्तरप्रदेश सरकार काल्हु कैबिनेट बइठका में फैसला लिहलसि कि आईटीआई में अब पचासी फीसदी सीट आरक्षित रही. पहिले ई सीमा साठ फीसदी के रहे. एह पचासी फीसदी में सत्तर फीसदी सीट अनुसूचित जाति आ जनजाति खातिर आ पन्द्रफ फीसदी सीट पिछड़ा वर्ग खातिर रही. काल्हु के कैबिनेट में इहो तय कइल गइल कि जालौन, कन्नौज, सहारनपुर, आ अंबेदकर नगर के मेडिकल कालेज सरकार खुद चलाई. पहिले एकरा के निजी क्षेत्र के देबे के बाति चलत रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।