होली प पाखी के धमाल

Pakhi-at-ccl
भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े के धमाल अबकी का होली प भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर मची जब उनकर फिलिम ‘देवरा भईल दिवाना’ दर्शकन का सोझा आई. सुपरहिट निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय के एह फिलिम में पाखी केन्द्रीय किरदार में बाड़ी. उनकर नायक बाड़न मनोज तिवारी ‘मृदुल’. मनोज के पत्नी पाखी के देवर बनल बाड़ें प्रदीप पांडे चिंटू.

फिलिम में देवर भउजाई के रिश्ता के साँच आ सही तस्वीर पेश कइल गइल बा. पाखी चुलबुली, नटखट भउजाई का साथही कुशल पत्नि का किरदार में बाड़ी.

पाखी एह घरी अपना नयकी फिलिम ‘शिवानी की ललकार’ के शूटिंग में लागल बाड़ी.

स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी सभका माथे चढ़ल बा. सी.सी.एल. (सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग) 4 का बाद पाखी के हर इलाकाई सिनेमा से आफर मिले लागल बा. तमिल, तेलगु, मलयालम, बंगाली फिलिमन से मिलल आफर प पाखी राय विचार में लागल बाड़ी. सीसीएल का दौरान पाखी के ग्लैमर भरल हॉट लुक निकहा चरचा में रहुवे.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।