तिसरको हफ्ता ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ के सुपरहिट प्रदर्शन जारी रहल

SajnaMangiyaमेहरारूअन के पहिल पसंद बनल भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ अपना प्रदर्शन के तिसरको हफ्ता में सुपर हिट बनल रहल. मैनास प्रोडक्शन के बैनर में निर्माता हलचल सिंह के ई फिलिम बेटी के वजूद के मजबूत बनावत बिया. फिलिम में राजस्थानी सुपरस्टार अभिनेत्री नेहाश्री आ स्टार नायक गायक अरविन्द अकेला उर्फ कल्लू के अभिनय के जादू देखेवालन के दिल दिमाग पर आपन जादू कइले जात बा. सभे एह जोड़ी के भरपूर सराहऽता.

एह फिलिम के सबले बड़ खासियत बा कि ढेर दिन बाद कवनो भोजपुरी फिलिम के सेंसर बोर्ड से ‘यू’ सर्टिफिकेट मिलल बा. भोजपुरी संस्कृति के मान-मर्यादा के ध्यान में राखत एगो साफ सुथर फिलिम बनवले बाड़न निर्माता हलचल सिंह आ उनका उम्मीदन के साकार कइले बाड़न निर्देशक ओम प्रकाश यादव ‘ओमजी’.

नेहाश्री के बिंदिया के जादू चल गइल बा मेहरारूअन पर
NehaShree-among-fans
एह फिलिम के नायिका आ राजस्थानी सिनेस्टार अभिनेत्री नेहाश्री के बिंदिया पूरा बिहार आ झारखण्ड में अपना छाप छोड़ले जात बिया. एह महिला प्रधान भोजपुरी फिलिम के प्रमोशन करत नेहाश्री सगरी औरतन के ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ ले बिंदिया सौगात में बँटली आ ओह लोग से प्यार आ आशीष लिहली.

बिंदिया के महत्व हमनी के महिला समाज में बहुते खास बा. बिंदिया सुहाग के निशानी होले आ सोहागिन औरत हमेशा अपना माथ पत टिकुली बिशदिया लगवले राखेली.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।