ईद पर रिलीज खेसारी लाल यादव के ‘खून भरी मांग’
-

Khesarilal
ईद का पाक मौका पर 29 जुलाई से बिहार में भोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव के फिलिम ‘खून भरी मांग’ रिलीज़ होखे जात बा.

निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के एह मल्टीस्टारर फिलिम में खेसारी लाल मुख्य भूमिका में बाड़न. फिलिम का बारे में खेसारी लाल के दावा बा कि ई फिलिम बाकी फिलिमन से अलग तरह के बा. एहमें एक्शन के अइसन अइसन सीन देखे के मिली कि लोग दाँते अंगुरी काटे लागी. कहलन कि एह फिलिम से जुड़ के उ बेहद खुश बाड़न आ ईद के मौका पर तोहफा के तौर पर अपना चाहे वालन के ईदी के रूप में ई फिलिम देत बाड़न आ उनका पूरा यकीन बा कि एह फिलिम के लोग बहुते पसंद करी.

ग्रीन चिल्ली एंटरटेनमेंट प्रा. लि. के बैनर के एह फिलिम के आदर्श जैन फिल्म्स एंड सन ऑडियो प्रा.लि परोसले बा. निर्माता हउवन प्रदीप सिंह भईया.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts