खेसारी आ अंजना के रोमांस चरम प

Khesari-AnjanaSinghभोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव आ अभिनेत्री अंजना सिंह के बीच के रोमांस ओह चरम प चहुँप गइल बा जवना बारे मे एगो कवि कहले बाड़न कि ‘छलके जब काम कलश तन मे, सिमटे दुनिया अंगूठी नग मे, आँखिन के जोत बढ़ल होला, नहतर प घाव चढ़ल होला.’ दुनू जने के बेइन्ताह प्यार देख रउरो दंग रहि जाएब. दुनु जने के अपना प्यार का सिवा कुछ अउर नइखे लउकत.

बाकिर ई प्यार असल जिनिगी मे ना हो के भोजपुरी फिलिम ‘लहू पुकारेला’ मे सिनेमा का परदा प नजर आई. शौर्य एंटरटेनमेंट के बैनर तर बनल ‘लहू पुकरेला’ मे खेसारी आ अंजना मुख्य किरदार जोड़ी बाड़े. ई लोग त धमाल मचवते बा, साथे साथ मनोज दिवेदी आ गीतांजलि शर्मा के प्यारो देखे जोग बा एह फिलिम मे.

अब जब दु तरफ से परदा पर प्यार के बरसात होखी त देखेवालन के मनो मे उमंग बरसहीं के बा. फिलिम जल्दिए रउरा सभे के मनोरंजन करे ला रिलीज होखी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।