‘साजन की बाहो में’ आर एस.तिवारी के जलवा

SajanKiBahonMe-posterअभिनेता आर.एस .तिवारी के बहुत जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘साजन की बाहो में’ का बारे मे मुख्य किरदार निभावत आर एस तिवारी के कहना बा कि फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा. उनकर किरदार बिहार यूपी के लोकप्रिय गायक के बा जे एगो लड़िकी से बेइन्तहा प्यार करत बा. प्रेम मे असफल हो के उ शराबी बन जा ता. बीमार पड़ला आ डाक्टर के सलाह का बावजूद उ शराब छोड़त नइखे.

एह रोमांटिक लव स्टोरी वाली फिलिम के राजनारायण तिवारी बनवले बाड़न आ सह निर्मात्री रीता राय बाड़ी. कहानी लेखक आ निर्देशक बलजीत सिंह हउवे. कैमरा मैन आर तोड्करी, संगीतकार दामोदर राव, गीतकार राजेश मिश्रा, हरिश्चंद अउर पिंटू.गिरी, गायक गायिका मोहन राठौर, इंदू सोनाली, रुपेश मिश्रा, लाली मिश्रा, दामोदर राव, खुश्बू जैन, फाइट मास्टर रामाकान्त मिश्रा, नृत्य निर्देशक महेश आचार्या अउर मुकेश जायसवाल आ इपी राजा भारती हउवन.

मुख्य कलाकार बाड़े आर एस तिवारी, रेनुजा सिंह, रीतू पाण्डेय,रिया रस्तोगी, चन्दन राजपूत, रीता राय, ब्रजेश त्रिपाठी, दामोदर राव, अनूप अरोड़ा, पप्पू तिवारी, विष्णु शंकर बेलू वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।