Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर (सोमार, 28 सितंबर 2015)

PM-NaMo-at-Facebook-HQ

  • पीएम नरेन्द्र मोदी के एगो कठोर कवच का भीतर नरम दिल वाला आम मनई वाला रुप काल्हु तब सभका सोझा आ गइल जब फेसबुक के कार्यालय में लोग से बतियावत मोदी से मार्क जुकरबर्ग महतारी के जिक्र चला दिहलन. अपना माई का बारे में बतियावत मोदी के गरदन बाझ गइल आ रो दिहलन. मोदी के एह सहज रूप देख सभे भावुक हो उठल.
  • फेसबुक आ गूगल के कार्यालय के दौरा कर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया के जम के सरहलें आ कहलें कि आजु सोशल मीडिया का चलते सरकार के आम जनता के फीडबैक रीयल टाइम में मिले लागल बा आ हर सरकार के एह फीडबैक का हिसाब से अपना में समय रहते सुधार ले आवे के चाहीं ना त चुनाव के आखिरी इम्तिहान में असलियत बुझाई बाकिर तबले बहुते देर हो चुकल रही.
  • आजु सबेरे साढ़े सात बजे से प्रधानमंत्री नरेंद्र अपने सिलिकन वैली के दौरा के समापन सैन होजे के सैप सेंटर में भारतीय-अमेरिकियन के संबोधित क के करीहें आ ओकरा ला शानदार तइयारी कइल गइल बा. एह कार्यक्रम में सूफी गायक कैलाश खेर आपन प्रस्तुति दीहें. रंगारग कार्यक्रम के आयोजनो कइल गइल बा. सैप सेंटत में महज साढ़े अठारह हजार लोग के बइठे के जगहा बा बाकिर ओकरा ले कई गुना बेसी लोग बाहर सड़क पर इंतजार करत बा जहाँ बड़का बड़का स्क्रीन पर भीतर के कार्यक्रम देखावे के व्यवस्था राखल गइल बा.
  • विधानसभा चुनाव में टिकट ना मिलला से नाराज रघुनाथपुर से भाजपा विधायक विक्रम कुंवर आरोप लगवले बाड़न कि दू करोड़ रुपिया ले के शहाबुद्दीन के शूटर मनोज सिंह के टिकट बेच दीहल गइल. कुछ दिन पहिले सांसद आर के सिंहो आरोप लगवले रहलन कि भाजपा में टिकट बेचल गइल बा. चन्द्रमोहन राय, छेदी पासवान जइसन लोग खुलेआम पार्टी के खिलाफ करत नजर आवत बा.
  • फेसबुक मुख्‍यालय में आइल सवाल के जवाब देत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कहना रहुवे कि उनुका सरकार के सबले बड़का हासिल ई बा कि लोग के भरोसा लवट आइल बा. पहिले लोग निराश हताश हो चुकल रहुवे बाकिर अब फेरू लोग के भरोसा जाग गइल बा कि अच्छा होखे वाला बा आ काम करे वाली सरकार आ गइल बिया.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के मुखपत्र पांचजन्य में राहुल गाँधी के ‘मिस्टर इण्डिया’ बतावत कहल गइल बा कि माहौल गरमात देख अपना गोल के छोड़ के ऊ फेरू केनियो निकल गइल बाड़न. सतरह बेर सूट बूट के सलवत निकाल चुकल मिस्टर इण्डिया लवट गइल बाड़न अपना खोह में.
  • सांसद लोग अब आपन तनखाह आ भत्ता अपने ना बढ़ा पाई. अब एह काम ला एगो तीन सदस्य वाला समिति बनावल जाई जवन सांसदन के तनखाह आ भत्ता के समीक्षा कइल करी आ एकरा बारे में सुझाव दी जवना हिसाब से फैसला लीहल जाई.
  • मणिपुर के राज्यपाल सैयद अहमद के मौत अतवार का दिने मुंबई के लीलावती अस्पताल में हो गइल. ऊ ढेर दिन से कैंसर के मरीज रहलन आ पिछला यूपीए सरकार में राज्यपाल बनावल गइल रहलन.
  • बीजिंग ओलंपिक चैंपियन अभिनव बिंद्रा अतवार का दिने फेरू बेहतरीन निशानेबाजी देखावत एशियाई एयरगन चैंपियनशिप में दस मीटर एयर राइफल के स्वर्ण पदक जीत लिहलन बाकिर लंदन खेल में कांस्य पदक जीते वाला गगन नारंग के अबकी सफलता ना मिल पावल.
  • उमेद कइल जा रहल बा कि रिजर्व बैंक के गवर्नर रघुराम राजन अगिला मौद्रिक समीक्षा में सरकार आ उद्योग के मांग मानत ब्याज के नीतीगत दर में एक चौथाई फीसदी के कटौती कर सकेलें. समीक्षा काल्हु मंगल का दिने आवे वाला बा बाकिर बाजार में आजुए उछाह देखे के मिल सकेला.
  • दक्खिन अफ्रीका के क्रिकेट टीम भारत दौरा पर एगो लमहर सीरीज खेले खातिर काल्हु दिल्ली चहुँप गइल बाकिर ओह लोग के सामान दुबईए में छूट गइल बा जवना के ले आवे के इंतजाम कइल जात बा. एह दौरा के पहिला मैच 2 अक्टूबर के धर्मशाला में बीसबीसा खेल के होखी.
  • सभ छँवडी झुमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं वाला अंदाज में बिहार विधानसभा चुनाव में किंगमेकर बने के सपना देखत बसपा चुनाव मैदान में बिया. ओकरा लागत बा कि अबकी के कांटा के टक्कर में कवनो गठबन्हन के बहुमत ना मिली आ तब ओह हाल में बहुजन समाज पार्टी किंगमेकर बन सकेले. बसपा बिहार के सगरी सीट से चुनाव इहे सोच के लड़त बिया कि ओतना सीट जीत लीहल जाव कि बिना बसपा के लिहले कवनो सरकार मत बन पावे.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में अपना गठबनहन के पातर हालत देख के परेशान चारा घोटाला के सजायाफ्ता लालू अब खुलेआम जाति के राजनीति करे ला मजबूर हो गइल बाड़न. काल्हु राघोपुर के एगो जनसभा में लालू कहलन कि अबकी के चुनाव अगड़ा आ पिछड़ा का बीच के हो गइल बा आ पिछड़ा लोग के एकजुट होके उनुका गठबन्हन के वोट करे के चाहीं. लालू एहू से परेशान बाड़ें कि आजु कवना नाम वाला यादव नेता उनुका साथे नइखे आ उनकर हिम्मत ना हो सकल कि अपना कवनो बेटा भा मेहरारू के छपरा जिला के कवनो सीट से चुनाव लड़वा सकसु. लालू के दुनू बेटा वैशाली जिला से चुनाव लड़त बाड़ें आ राबड़ी चुनाव से बाहर बाड़ी. लालू त लड़िये ना सकसु काहे केि चारा घोटाला में उनुका जेल हो चुकल बा आ ऊ जमानत पर बाहर बाड़ें.
  • तिसरा मोर्चा में शामिल सांसद पप्पू यादव अब एआईएमआईएम नेता असदुद्दीन ओवैसी के नेवतले बाड़न कि उहो तिसरका मोर्चा में आ जासु आ मिल के चुनाव लड़ल जाव. पप्पू के कहना बा कि ऊ वोट काटे खातिर ना बिहार के विकास खातिर लड़त बाड़न.
  • उत्तर प्रदेश के नयका लोकायुक्त चुने खातिर भइल बइठक बेनतीजा खतम हो गइल. एह बइठक में मुख्यमंत्री, नेता प्रतिपक्ष, आ इलाहाबाद उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश डीवाई चन्द्रचूड़ शामिल भइलें.बाकिर न्यायाधीश के कहना रहल कि सरकार विधानसभा से एह बारे में एगो संशोधन पास करवले बिया आ एह हालत में एह समिति के फैसला से सदन के अवमानना हो जाए के अनेसा बा.
  • यूपी में एगो समुदाय खुलेआम हिन्दू उत्सव पर बवाल करत बाड़ें. संभल में गणेश प्रतिमा विसर्जन के जुलूस पर ढेला मार के दू लोग के घवाहिल क दिहलें आ आगरा में विसर्जन यात्रा पर मांस के टुकड़ा फेंक दिहले. प्रशासन केहू तरह माहौल पर काबू पवलसि बाकिर एह तरह के व्यवहार ठीक ना कहल जाई आ एह समुदाय के एह बारे मे सोच विचार करे के चाहीं.
  • दिल्ली के फरार आआपा विधायक सोमनाथ भारती अबले गिरफ्तार नइखन हो सकल. पुलिस के आठ गो टीम उनुका के पकड़े खातिर लगावल गइल बा बाकिर पेशवेर अपराधियन के सहारे सोमनाथ पकड़ का बाहर चलत बाड़न.
  • प्रधानमंत्री काल्हु अपना सिलिकन वैली दौरा में कहलन कि जल्दिए देश के पाँच सौ रेलवे टीसनन के वाई फाई बना दीहल जाई आ एह काम में गूगल सहायता देबे ला तइयार बिया. माइक्रोसाफ्ट देश के पाँच लाख गाँवन के ब्राडबैन्ड से जोड़े में सहयोग देबे के एलान कइले बावे.
  • एह बीच एयरइंडिया नई दिल्‍ली से सेन फ्रांसिस्‍को खातिर सीधा उड़ान सेवा अगिला 2 दिसंबर से शुरु करे के एलान कइले बिया.
  • मध्‍यप्रदेश में भोपाल पुलिस मुख्‍यमंत्री रह चुकल कांग्रेस के राष्‍ट्रीय महासचिव दिग्विजय सिंह के नोटिस भेज के विधानसभा सचिवालय में बहाली में भइल गड़बड़ी का बारे में बयान देबे ला बोलवले बिया. ओने सीबीआई के छापा का बाद हिमाचल के मुख्यमंत्री वीरभद्र सिंह पर इस्‍तीफा देबे के दबाव बढ़ गइल बा बाकिर कांग्रेसव के कहना बा कि केन्द्र सरकार अपना विरोधियन के दबावे खातिर एह तरह के काम करत बिया.
  • असम में भाजपा सोमार का दिने बराक बंद के एलान कइले बिया. ओकर शिकायत बा कि कछार जिला से विधायक आ कुछ अउर भाजपा नेतन पर पुलिस ज्यादती करत बिया. ओने डुबरी जिला के उपायुक्‍त के कहना बा कि हालात काबू में बा.
  • सउदी अरब के मक्का में भइल भगदड़ में मरे वालन के गिनिती हजार के पार हो गइल बा मरे वाला हिन्दुस्तानियन के गिनिती बढ़ के 35 हो गइल बा.
  • प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष रह चुकल रामजतन सिन्हा पार्टी के सगरी पद से इस्तीफा दे देले बाड़न आ कुर्था विधान सभा क्षेत्र से निर्दलीय चुनाव लड़े के एलान कइले बाड़न.
  • पितरपख मेला काल्हु अतवार से गया में शुरू हो गइल. एकर उद्घाटन मगध प्रमण्डल के आयुक्त वंदना किन्नी कइली. एह साल एह मेला में छह लाख से अधिका लोग के अइला के उमेद बा. पितरपख मेला 12 अक्टूबर ले चले वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *