मोबाइल आपरेटर नियामक के धमकवले

देश में मोबाइल सेवा देबे वाला कंपनियन का तरफ से भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण के बतावल गइल बा कि अगर काॅल ड्राप कइला से होखे वाला कमाई पर रोक लगावल गइल त रेट बढ़ा देबे के पड़ी. आ काॅल ड्राप के भरपाई के खामियाजा कंपनियन का बदले गाहके लोग के भरे के पड़ी. अब देखल जाव कि नियामक प्राधिकरण का कहत बा. असल में एह कंपनियन के मालूम बा कि बीएसएनएल के बेंवत नइखे कि अतना भार सम्हार सको आ काॅल ड्राप त ओकरो पर भरपूर होखेला. बाकिर अगर बीएसएनएल काॅल ड्राप के भरपाई करे के तइयार हो जाव तब एह कंपनियन पर दबाव जरूरे पड़ जाई लेवल प्लेयिंग फील्ड बनवले राखे के.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।