उत्तरो प्रदेश में मोदी का भरोसे चुनाव लड़ी भाजपा

बिहार में मिलल हार का बावजूद भाजपा यूपी जीते के सपना देखल छोड़ले नइखे. ओकरा लागत बा कि यूपी में बिहार जइसन गठबन्हन बनावल आसान नइखे. भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ यूपी प्रभारी ओम प्रकाश माथुर सोमार का दिने ई बात कहलन. कहलन कि चुनाव सामूहिक नेतृत्व में लड़ी भाजपा.
कहलन कि भाजपा लांग टर्म के राजनीति करेले आ शार्ट टर्म के हार जीत से ओकरा इरादा में कवनो फेर बदल ना होखे. कहलन कि बिहारे जइसन समाज एहिजो बा बाकिर हर जगहा के हालात अलग अलग होला.
माथुर के कहना रहुवे कि बिहार चुनाव के यूपी से जोड़े के काम राजनीतिक गोलन से अधिका मीडिया में होखत बा आ एक दू महीना में ई अपने आप खतम हो जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।