बकबकवा बाबू भाजपा के चुनौती दिहलन

बिहार विधानसभा चुनाव में भाजपा बकबकवा बाबू के बेकाम जान के मुख्यमंत्री पद लायक ना समुझलसि त ऊ जड़ मूल से उखड़ गइलन आ लगलन भाजपा के नुकसान चहुंपावे। भाजपा के जीत ना मिलल त बकबकाहट अउरी बढ़ गइल बा।
असल में बकबकवा बाबू के मनसा बा कि भाजपा उनुका के निकाल देव जेहसे कि उनकर सीटो बाच जाव आ ऊ अपना नयका गोल में जा के मलाई चाभत रहसु।
भाजपा उनकर एकदमे अनदेखी कइले जात बिया त अउरी बनबना गइल बाड़न। आजु त इशारा इशारा में मोदीए पर निशाना साधत कहले बाड़न कि केहू के डीएनए में अतना बेंवत नइखे जे उनका पर एक्शन ले पावे।
कोढ़िया डेरावे थूक से!

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।