किडनैप भइल नवही के हत्या

सारण जिला के यदुरामपुर गाँव के रामनारायण राय के सतरह साल के लड़िका रंजीत के पिछला 17 तारीख के किडनैप क लीहल रहे. पुलिस के जानकारी दिहला का बादो कुछ ना हो सकल आ अब ओकर लाश मिलल बा.

तीन साल पहिले रंजीत के शादी भइल रहुवे. आ ओकर एगो डेढ़ बरीस के लड़िको बा. आईआईटी कइला का बाद रंजीत नौकरी खोजे दिल्ली गइल रहल आ छठ पूजा ला घरे आइल रहुवे. छठ पूजा के सामान खरीदे निकलल रंजीत के किडनैप क लिहल गइल.

परिवार के कहना बा कि जानकारी दिहला का बाद 17 नवंबर के साँझ दरियापुर के थानेदार अइलन आ हड़का के चल गइलन. घर के लोग पहिलहीं से जमीन विवाद में एसपी का लगे दरखास्त दिहले रहुवे बाकिर पुलिस कुछ ना कइलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।