‘कब जागोगे’ के गाना रिकार्ड भइली सँ
-

पूनम प्रोडक्शन इंटरटेंमेंट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘कब जाओगे’ के गाना के रिकार्डिंग पिछला दिने मुंबई के चार बंगला म्हाडा के पंचम स्टूडियो में पूरा करा लिहल गइल. एह फिल्म में कुल आठ गो गाना बा जवना के कल्पना, इंदू सोनाली, रितेश सिंह, अल्का झा शिवांगी ‘शिवा’आ घुंघरू का आवाज़ में रिकार्ड करावल गइल. संगीतकार गणेश पाण्डेय आ घुंघरू हउवें आ गीत लिखल हवे जिग्नेश कुमार आ गुड्डू लहरी के. निर्माता आर.के. निषाद, निर्देशक अनिल लहरी, लेखक सागर अंजाना, छायाकार हीरा सरोज हउवें. मुख्य कलाकार सुजीत कपूर, सागर अंजाना, रश्मि श्रीवास्तव, अजय शानू, अमित लाल यादव, प्राची कुंदन वगैरह बाड़े,


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

Recent Posts