फिल्मी दुनिया से…

मनोज तिवारी के ले के हर बड़का निर्माता फिल्म बनावत बाड़े

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी का लगे आजु जतना फिल्म बा ओतना शायदे कवनो दोसरा स्टार का लगे होखी. अभय सिन्हा, दुर्गा प्रसाद, केसी बोकाडिया, टी एल वी प्रसाद, जितेश दूबे, आलोक कुमार, महेश पाण्डे, राकेश कोहली, अशोक गुप्ता, संदीप शुक्ला, संगम गुप्ता सभे मनोज तिवारी के अपना कवनो ना कवनो फिल्म में ले के फिल्म बनावे में लागल बाड़े.

पूरा खबर सिनेभोजपुरी डॉटकॉम पर विस्तार से पढ़ीं.


कामे पूजा ह गुंजन पन्त खातिर

वइसे त करीब हर लड़की ग्लैमर का दुनिया में छाये के सपना भा लालसा पाले रहेली बाकिर उत्तरांचली बाला गुंजन पंत बने के चाहत रहली डाक्टर बाकिर बन गइली अभिनेत्री जिनकर चर्चा आजु चारो ओर हो रहल बा आ ऊ भोजपुरी सिनेमा के एग व्यस्त नायिका बन गइल बाड़ी.

गुंजन पंत से एह बारे में भइल बातचीत का बारे में सिनेभोजपुरी डॉटकॉम पर विस्तार से पढ़ीं.


आखिरी रास्ता के संगीतमय शुरुआत
पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ अभिनीत भोजपुरी फिल्म आखिरी रास्ता के संगीतमय शुरुआत मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टुडियो में गाना के रिकार्डिंग का साथे कइल गइल. फिल्म के शूटिंग ९ अगस्त से शुरु होखे जा रहल बा. निरहुआ बतवले कि एह फिल्म के एही नाम के हिन्दी फिल्म से कवनो तरह के संबंध नइखे आ ई फिल्म गँवई पृष्ठभूमि पर बनत बा.
पूरा खबर सिनेभोजपुरी डॉटकॉम पर विस्तार से पढ़ीं.


भईया के साली ओढ़निया वाली के प्रदर्शन ६ अगस्त से

भोजपुरिया सुपर स्टार पवन सिंह आ निर्माता आलोक कुमार के साथ वाली पहिलकी भोजपुरी फिल्म भईया के साली ओढ़निया वाली ६ अगस्त से बिहार आ यूपी के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बिया. दस गो सुमधुर गीतन से सजल एह फिल्म के संगीतकार अशोक कुमार दीप हउवन.

पूरा खबर सिनेभोजपुरी डॉटकॉम पर विस्तार से पढ़ीं.


तेरे बिन लादेन से सीखे के चाहीं हमनी के निर्माता लोगन के

जे लोग एह बाति के रोना रोवत रहेला कि बिना बड़का कलाकारन के लिहले फिल्म ना चलि पावे ओह लोग के हिन्दी फिल्म तेरे बिन लादेन से सीख लेबे के चाहीं कि कइसे छोट बजट में अतना बढ़िया हास्य फिल्म बनावल जा सकेला कि साल के सबसे बड़ हिट होखला का साथे साथ दुनिया भर में एकर माँग बन जाव.

पूरा विवरण पढ़े खातिर अँजोरिया परिवार के साइट फिल्म्स ४ यू डॉट इन पर जाईं.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।