सासु कहे कुलबोरनी

– डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय,

ShatrughnaPandey
बाबूजी के हम रहुईं आँखि के पुतरिया
राखसु करेजवा में मोर महतरिया
आवते ससुरवा अघोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.

हवे मतवाली ह कुलछनी मतहिया
सासुजी कहेली खेलवाड़ी ह भुतहिया
परल कपार बिया चोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.

गारिए के मुँहे भिनुसहरे जगावेली
उठि सुति हमरा के जहर पियावेली
बढ़नी बहारो घरफोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.

हाथ में उठाई लेली जरते लुआठी.
कहेली ककोचि देबी मुँहे खोरनाठी
खउरा लगाई इहे खोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.

ननदी गोतिन देखि मुँह बिजुकावे
ताकि ताकि हमरा के आँखि मटकावे
एगो में ई दू गो बिया जोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.

हमरा करमवा में इहे बा उठावना
सुखवा सपन भइले जबे अइनी गवना
कहेली ई मूड़ी के ममोरनी रे,
सासु कहे कुलबोरनी.


रिटायर्ड प्रधानाचार्य,
तीखमपुर, बलिया.

मोबाइल – 9450553454

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।