बिहार विधानपरिषद के चार सीट के चुनाव

बिहार विधानपरिषद के चार गो सीट के चुनाव के अधिसूचना जारी हो गइल बा. सारण स्नातक, गया स्नातक, गया शिक्षक आ कोसी निर्वाचन क्षेत्र खातिर ई चुनाव होखे वाला बा. एह सीटन पर क्रम से महाचंद्र प्रसाद सिंह, अवधेश नारायण सिंह, प्रो अरुण कुमार आ संजीव कुमार सिहं जीतल रहले. एह लोग के कार्यकाल आठ मई के पूरा हो रहल बा. राज्यसभा आ विधानपरिषद लगातार बनल रहे वाली विधायिका हई सँ आ एहमें अलग अलग सीट पर अलग अलग समय चुनाव करवावत निरंतरता बनावल राखल जाला. विधानपरिषद के एगो सीट रामधनी सिंह का इस्तीफा से खाली भइल रहे जवना पर मानव संसाधन मंत्री पी॰के॰शाही निर्विरोध चुना गइले. एह सीट पर ई उपचुनाव रहे जवना खातिर बेसी उम्मीदवार ना होले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।