बिहार सरकार शराबखोरी नइखे बढ़ावत

विधानपरिषद में बहस का बीच दखल देत मुख्य मंत्री नीतीश कुमार कहले कि बिहार सरकार शराबखोरी के बढ़ावा नइखे देत. असल बाति ई बा कि राजस्व चोरी पर लगाम लागला का चलते सरकार के आबकारी विभाग बेसी राजस्व वसूल पा रहल बिया. विपक्ष के आरोप रहे कि एनडीए सरकार गली गली में शराब के दोकान खोलवा दिहले बिया. नीतीश कुमार इहो कहलन कि शराब पियल रोके खातिर सरकार समय समय पर अभियान चलावत रहेले आ एह अभियान में औरतन के बेसी सहभागिता पर जोर दिहल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।