ना देबे वाला जानत बा ना लेबे वाला
-

पता चलल बा कि बाबा रामदेव के पातंजलि आयुर्वेद लिमिटेड २००९ का चुनाव में भाजपा के एगारह लाख रुपिया चंदा दिहले रहुवे. बाबा रामदेव के भारत स्वाभिमान ट्रस्ट के महामंत्री आचार्य बालकृष्ण के कहना बा कि चंदा ना त बाबा रामदेव दिहले ना ऊ, चंदा त कंपनी के डायरेक्टर दिहले होखीहें. दोसरे कंपनी का तरफ से राजस्थानो के कांग्रेसो पार्टी के चंदा दिहल गइल बा. दोसरा तरफ उत्तराखंड भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष बिशन सिंह चुफाल के कहना बा कि उनुका लगे एह बाति के कवनो जानकारी नइखे. करिया कमाई का खिलाफ बाबा के अभियान से नाराज कांग्रेसी पूरा कोशिश में बाड़े कि बाबा के बाबागिरी छोड़ा दिहल जाव. एही क्रम में ई खुलासा भइल बा भा करावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts