"इंसाफ" में पवन-कृशा धमाल मचइहे

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह आ नयकी सनसनी कृशा खण्डेलवाल के जोड़ी चर्चित निर्माता अभय सिन्हा के फिल्म “इंसाफ” में धमाल मचावे आ रहल बा. फिल्म में पति पत्नी के भूमिका में कइले बाड़े पवन सिंह आ कृशा खण्डेलवाल. एह जोड़ी पर बेहतरीन गाना आ सीन फिल्मावल गइल बा. निर्देशक हउवे अजय श्रीवास्तव. यशी फिल्म्स् प्रा॰ लि॰ के प्रस्तुति एह फिल्म में मनोज तिवारी, संगीता तिवारी, उर्वशी चौधरी, प्रिया पाण्डेय, रवि उज्जैन, सिद्धार्थ रॉय आ गजेन्द्र चौहान के प्रमुख भूमिका बावे. गीतकार हउवे अशोक कु॰ दीप आ विनय बिहारी. संगीत दिहले बाड़े अशोक कु॰ दीप. फिल्म दुर्गा पूजा का माहौल में रिलीज होखी.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

1 Comment

  1. Banarasi

    Thanks cine anjoriya

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।