दू गो महारथियन के महामुकाबला – "देख के" में


एगो भोजपुरिया चौपाल के भौकाल बाड़न, जिनकर ढिशुमो-ढिशुम दर्शकन के निहाल कर देले त दोसरा के मौजुदगी से छोटका परदा पर सनसनी पसर जाले. अपना-अपना फन के एह दुनु उस्ताद महारथियन के महामुकाबला जल्दिये भोजपुरिया परदा पर होखे जा रहल बा. “भौकाल के चौपाल” फेम अभिनेता निखिल राज आ छोटका परदा पर सनसनी पसरा देबे वाला श्रीवर्धन त्रिवेदी के मुकाबला फिलहारमोनिक एंटरटेनमेंट के पहिलका फिल्म “देख के” में होखे जात बा.

लेखक-निर्देशक निखिल राज के ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के लीक से हट के होई. एहमें भोजपुरी कल्चर आ तेवर के नया अंदाज़ अउर मिजाज़ का साथे पेश कइल जाई. निखिल राज के कहना बा कि “भोजपुरी सिनेमा अपना उद्देश्य से भटकल अपना संस्कृति अउर परंपरा से कटत जात बिया. हमार कोशिश रही कि दर्शकन के फेर से ओह मूल्यन से जोरल जाव जवन हमनी के पहिचान ह.”

निखिल राज आ श्रीवर्धन त्रिवेदी का अलावा एह फिल्म में जाकिर हुसैन, प्रकाश जैश, आ वंदना विश्वकर्मा अहम् रोल में रहीहें. फिल्म के शूटिंग बिहार के अलग-अलग लोकेशन पर शुरू हो गइल बा. उम्मीद कइल जाव कि ई फिल्म भोजपुरी दर्शकन के सिर के ताज बन जाव.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।