सूबेदार जोगिन्दर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में


पटना (टीम रंजन). परमवीर चक्र विजेता सूबेदार जोगिंदर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा.
ई जानकारी देत एह फिलिम के डायरेक्‍टर सिमरजीत सिंह वतवलें कि भारत – चीन युद्ध का दौरान साल 1962 में चीनी हमला के मुंहतोड़ जवाब देबे वाला बहादुर सिपाही के बायोपिक ‘सूबेदार जोगिंदर सिंह’ बेहतर तरीका से आ बढ़िया सिनेमाटिक्स के ज़रिए लोगन के ओह समय के हालात से अवगत कराई. 21 वीं सदी के आगम का साथे, फिल्म मेकिंग में जबरदस्त बदलाव आइल बा आ नवहियन के रुझान एह घरी काल्पनिक सिनेमा ओर अधिका बा.

सिमरजीत सिंह कहलें कि हमनी के देश में चारों तरफ समृद्ध संस्कृति, विरासत, ऐतिहासिक घटनाएं आ किस्सा भरत बा. ओह नज़रिया से देखीं त हमनी का लगे देखे आ देखावे ला बहुते कुछ मौजूद बा. फिलिम निर्मातन के चाहीं कि सिनेमा के शक्ति के उपयोग सकारात्मक संदेश देबे, नीमन विचार साझा करे आ दर्शकन ले असली आ प्रेरणादायक कहानी चहुँपावे ला करसु.

राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता राशीद रंगरेज़ के लिखल, सिमरजीत सिंह के निर्देशित आ सुमीत सिंह के बनावल एह फिलिम ‘सूबेदार जोगिंदर सिंह’ कवनो परमवीर चक्र विजेता पर बनल पहिलका फिलिम हवे आ एकरा के पंजाबी का साथही हिन्दी, तमिल, आ तेलुगू में बनावल गइल बा.

लीक से हटके बनावल एह फिलिम में सैनिकन के जुनून आ आक्रामकता, निजी रिश्ता आ मातृभूमि से अपनापन के भावना देखावल गइल बा. फिलिम 1960 वाला युग फेरु दोहरा दिहले बा. ओह घरी के गँवई माहौल, वेशभूषा वगैरह देखावे ला बड़हन पैमाना पर सेट तइयार करावल गइल रहे एह फिलिम ला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *