‘‘धूम मचईलऽ राजाजी’’ के शूटिंग पूरा हो गइल

मां शांति एंटरटेन्मेंट का बैनर में बनत आ चुनमुन पंडित निर्देशित भोजपुरी फिल्म ‘धूम मचईलऽ राजाजी’ के शूटिंग बोधगया (बिहार) आ अगल बगल का जगहन पर करावल गइल आ एह पारिवारिक, रोमांटिक फिल्म के पूरा शूटिंग 22 दिन के स्टार्ट-टू फिनिश शेड्यूल में करा लिहल गइल बा, फिल्म के लेखक रामचन्द्र सिंह, संगीतकार रंजय बावला आ गीतकार रामचन्द्र सिंह, मनोज मोहित अउर सूर्यकान्त निराला हउवें. नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा आ कैमरामैन वेल मुरुगन हउवें. मुख्य कलाकारन के नाम बा – छोटू छलिया, गुंजन पंत, रोहित राज, राखी त्रिपाठी, विपिन सिंह, पंकज मेहता, निरुपमा श्री, सुमन्त मिश्रा, सुधा वर्मा अउर जनार्दन सिंह. कविता सिंह आ लावण्या बेथी आईटम गर्ल्स बावे लोग. निर्देशक चुनमुन पंडित के कहना बा कि ‘धूम मचईलऽ राजाजी’ एगो पारिवारिक फिल्म ह, जवना में रोमांस अउर एक्शनो भरपूर बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।