तीन गो लूटेरन पर गैंगेस्टर आ एगो मासूम के मौत


जौनपुर,28 मार्च (वार्ता). जौनपुर के केराकत कोतवाली इलाका में लूट के वारदात करे वाला तीन गो आरोपियन का खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई कइल गइल बा.
पुलिस अधीक्षक के के चौधरी बतवलें कि लूट के तीन गो आरोपियन – आनन्द सिंह, जुगनू सिंह, अउर शुभम – का खिलाफ गैंगेस्टर एक्ट लगावल गइल बा. जिलाधिकारी अरविंद मलप्पा बंगारी के स्वीकृति लिहला का बादे तीनों का खिलाफ गैंगेस्टर लगावल गइल बा.

डाढ़ गिरला से एगो मासूम के मौत
जौनपुर, 28 मार्च (वार्ता). जौनपुर के बक्सा इलाका में नीम के पेड़ के डाढ़ गिरला से घवाहिल दू बरीस के एगो मासूम बच्चा के उपचार का दौरान मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि बबुरा गांव के विश्वनाथ गौतम के दू बरीस के बेटा शिवा गौतम घर के बाहर खेलत रहुवे जब अचके में नीम के पेड़ से एगो डाढ़ ओकरा पर आ गिरल. घवाहिल शिवा के निजी अस्पताल ले गइला पर ओहिजा से ओकर खराब हालत देख के वाराणसी ट्रामा सेंटर भेज दिहल गइल जहाँ इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।