
(प्रतीक फोटो)
मऊ, 05 अप्रैल (वार्ता). मऊ के कोपागंज इलाका में कुछ लोग एगो नवही के गला रेतके ओकर खून क दिहले बा जवना से इलाका में दहशत पसर गइल बा.
पुलिस सूत्रन से पता चलल बाकि कोपागंज इलाका में कसारा रामधन दामोदर महाविद्यालय का नियरा एगो बीस बरीस के नवही के लाश झंखाड़ में मिलल बा. ओकर हत्या कवनो धारदार हथियार से गला रेतके कइल गइल बा.
बाद में लाश के पहचान मठिया टोला के हरि सोनकर के बेटा करन सोनकर का रूप में भइल. करन दसवीं के छात्र रहल आ मऊ के डीएवी इंटर कॉलेज में पढ़त रहुवे.
घरवालन के कहना बा कि केहु फोन क के करन के बोलवले रहल जवना का बाद करन वापिस ना लवटल.
सोशल मीडिया पर ओकर लाश के फोटो देखि के घरवालन के ओकर हत्या भइला के खबर मिलल.
पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.
0 Comments