मिर्जापुर में चार जने के मौत


मिर्जापुर 06 अप्रैल (वार्ता). मिर्जापुर जिला में बियफे राति पुलिस अलग अलग जगहन से दू गो लाश बरामद कइलसि. एकरा अलावे एगो नवही के मौत सड़क हादसा में आ एगो के मौत ट्रेन से गिर के हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि मड़िहान इलाका के बेलाजंगल में मंदिर का लगे एगो अज्ञात आदमी के लाश मिलल. पोस्टमार्टम का बादे पता चल पाई कि ओकर मौत कइसे भइल होखी.
दोसर घटना में पडरी इलाका में ट्रेन से गिरला से आजमगढ जिला के रहे वाला अनिल यादव (33 बरीस) के मौत हो गइल. ऊ मुबंई में पेंटिंग के काम करत रहुवे आ घरे आवत रहल ब ई हादसा हो गइल. ओकर मौत ठाँवे पर हो गइल.
तिसरका वाकया हलिया इलाका में महेशपुर गांव का नियरा भइल जब डार्मडगंज के रहे वाला दू गो नवहियन – गुलाम हुसैन आ शमशुद्ददीन – के बाईक बेकाबू हो के गिर गइल. एगो के मौत ओहिजे हो गइल जबकि दुसरका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।