संजीता दिअवली दुसरा स्वर्ण पदक, दीपक जीतलन कांसा
-


गोल्ड कोस्ट, 06 अप्रैल (वार्ता) मीराबाई चानू की बाद 21वां राष्ट्रमंडल खेलन का दुसरका दिने शुको के भारतीय महिला भारोत्तोलकन के स्वर्ण अभियान जारी रहल आ अबकी 53 किग्रा वर्ग में खुमुकचाम संजीता चानू गोल्ड कोस्ट में तिरंगा फहरा दिहली आ दीपक लाथर पुरूषन के 69 किग्रा वर्ग में कांस्य पदक जीतलन.
भारत के गोल्ड कोस्ट का पहिला दू दिन में अबले चार गो पदक मिलल बा आ सगरी भारोत्तोलके दिअवले बाड़ें.
आजु संजीता महिला भारोत्तोलन स्पर्धा के 53 किग्रा वर्ग में कुल 192 किग्रा वजन उठवली आ माथ पर रहली. मणिपुर के ई खिलाड़ी स्नैच में राष्ट्रमंडल खेल के पिछला रिकार्ड तूड़त 84 किग्रा वजन उठवली आ क्लीन एंड जर्क में 108 किग्रा के वजन. दीपक कुल 295 किग्रा वजन उठाके कांस्य पदक जीतलन. स्नैच में दीपक 136 किग्रा आ क्लीन एंड जर्क में 159 किग्रा वजन उठवलें.
पापुआ न्यू गिनी के लोआ डिका तूआ कुल 182 किग्रा भार उठाके रजत जीतली जबकि कनाडा के रेचेल लीब्लैंक बाजिनेत 181 किग्रा वजन उठा के कांस्य पदक जीतली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts