मैरीकॉम जीतिए लीहली आपन पहिला राष्ट्रमंडल स्वर्ण


गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के माथ महिला मुक्केबाज़ एमसी मैरीकॉम विश्व, एशिया आ ओलंपिक पदकन के जीतला का बाद अब अपना करियर के पहिलका राष्ट्रमंडल स्वर्ण पदको के कमी दूर क दिहली.
21वां राष्ट्रमंडल खेलन में आजु शनिचर का दिने मैरीकॉम अपना 45-48 किग्रा भार वर्ग के स्वर्ण पदक मुकाबला में आयरलैंड के क्रिस्टीना ओ हारा के एकतरफा मुकाबला में 5-0 से हरा दिहली. ऊ जजन के सर्वसम्मति से 30-27, 30-27, 29-28,30-27, 30-27 से आपन मुकाबला जीत लिहली.
ओलंपिक कांस्य पदक विजेता मैरीकॉम करियर में पहिला बेर राष्ट्रमंडल खेल में उतरल रहली आ दिग्गज खिलाड़ी एहिजो आपन लोहा मनवावत स्वर्ण पदक अपना नामे क लिहली. पांच बेर के विश्व चैंपियन, एशिया चैंपियन आ 2012 के लंदन ओलंपिक कांस्य पदक विजेता मैरीकॉम एकरा साथही अपना करियर में राष्ट्रमंडल स्वर्ण के कमी के दूर कर लिहली.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।