वाराणसी के होटल में लागल आग से अफरातफरी
-

(फाइल फोटो)


वाराणसी, 14 अप्रैल (वार्ता). वाराणसी के दशाश्वमेध इलाका के गोदौलिया में आजु एगो होटल में आग लगला से अफरातफरी मच गइल.
सूचना मिलते दमकलकर्मी मौका पर चहुंप गइलें आ पुलिस अउर स्थानीय लोगन के मदद से होटल में ठहरल सगरी लोग के समय रहते सुरक्षित बाहर निकाल लिहलें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि घटना का समय होटल में करीब 100 लोग मौजूद रहुवे, जेहमें से आधा से अधिका लोग दक्खिन भारत के पर्यटक आ श्रद्धालु रहलें. शुरुआती जांच में पता चलल बा कि बिजली के शॉटसर्किट का चलते आग लगुवे.
पुलिस अधिकारी बतवलें कि घटना के सूचना मिलते दमकल के कई एक गाड़ी मौका पर आ गइली सँ आ दमकलकर्मियन के सूझबूझ आ मेहनत से आग पर काबू पा लीहल गइल.
वइसे घटना के जाँच कइल जा रहल बा कि आग कइसे लागल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts