जैवलिन थ्रो में नीरज जीतलन ऐतिहासिक स्वर्ण
-


गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के नीरज चोपड़ा एह सत्र के सबले बढ़िया प्रदर्शन करत 86.47 मीटर दूर ले भाला फेंकके 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में आजु शनिचर का दिने स्वर्ण पदक अपना नामे कर लिहलन, एह स्पर्धा में राष्ट्रमंडल खेल के स्वर्ण पदक जीते वाला पहिला भारतीय खिलाड़िओ बन गइलें नीरज.
नीरज के ई पदक भारत के मिले वाला राष्ट्रमंडल खेलन के एथलेटिक्स में चउथके पदक ह. एहसे पहिले मिल्खा सिंह 1958 में, कृष्णा पूनिया 2010 में आ विकास गौड़ा 2014 के राष्ट्रमंडल खेलन में स्वर्ण पदक दिअवले रहलें. आ भाला फेंक स्पर्धा में त ई भारत के पहिलके स्वर्ण पदक ह.
भारतीय एथलीट नीरज फाइनल में कमाल के प्रदर्शन कइलन आ छह प्रयासन में उनुकर पहिलके प्रयास 85.50 मीटर के रहल. दुसरका कोशिश फेल क गइल बाकिर तिसरका में 84.78, चउथका में 86.47 आ पांचवा प्रयास में 83.48 मीटर के दूरी ले फेंकले. उनुकर छठवो प्रयास विफल रहल बाकिर चउथका प्रयास में उनुकर 86.47 मीटर फेंकल भाला काम क गइल आ उनुका के स्वर्ण पदक हासिल करा दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts