ओलम्पिक चैंपियन अर्जेंटीना के हरवलसि भारत


ब्रेदा, 24 जून (वार्ता). पिछला बेर के उपविजेता रहल भारत के हॉकी टीम आजुओ अपना शानदार प्रदर्शन के सिलसिला बरकरार राखत ओलम्पिक चैंपियन अर्जेंटीना के 2-1 से हराके एफआईएच चैंपियंस ट्रॉफी टूर्नामेंट में लगातार दुसरकी जीत दर्ज कइलसि.
अपना पिछलका मैच में भारत अपना पुरनका प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के 4-0 से पीटले रहुवे आ आजु भारत अबकी के ओलम्पिक चैंपियन टीम के 2-1 से हरा दिहलसि.
एकरा साथही भारत के स्टार मिडफील्डर आ कप्तान रहल सरदार सिंह एह मैच खेल के आपन 300 अंतर्राष्ट्रीय मैच खेले के निशान पूरा क लिहलें.
हालांकि एह टूर्नामेंट ला गोलकीपर पीआर श्रीजेश नियमित कप्तान रहलें बाकिर आपन 300वां मैच खेले वाला सरदार सिंह के उनुका उपलब्धि के सम्मान में एह मैच में कप्तानी दीहल गइल रहुवे आ ऊ शानदार जीत का साथे एह सम्मान आ 300 मैच खेले के उपलब्धि के जश्न मनवलें.
भारतीय टीम के एह टूर्नामेंट में ई लगातार दुसरका शानदार प्रदर्शन रहल. हरमनप्रीत सिंह ने 17वां मिनट में पेनल्टी कार्नर के गोल में बदलके भारत के बढ़त दिअवलें. मनदीप सिंह 28वां मिनट में मैदानी गोल से स्कोर 2-0 करा दिहलें. अर्जेंटीना के अकेला गोल गोंजालो पिलेट 30वां मिनट में पेनल्टी कार्नर पर कइलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।