वाराणसी में नौवीं कं छात्रा सॆ सामूहिक बलात्कार
-


वाराणसी, 22 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश में वाराणसी के भेलूपुर इलाका में स्कूल जात नौवीं कक्षा के एगो छात्रा के अगवा क के ओकरा साथे सामूहिक बलात्कार करे के मामिला सामने आइल बा.
पुलिस सूत्र बतवलें कि एह मामिला में मिंटू सिंह समेत चार गो कुकर्मियन का खिलाफ केस दर्ज क के जांच कइल जा रहल बा.
आरोप बा कि छात्रा के महमूरगंज इलाका से अगवा क के लोहता इलाका में ई चारो कुकर्मी ओकरा के अपना हवस के शिकार बनवलें. पीड़िता के महतारी के तहरीर पर भेलूपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा.
पीड़िता के महतारी के शिकायत बा कि एकरा से पहिले थाना के पुलिस अधिकारी एकरा के लोहता इलाका के घटना रहे के हवाला देत कई दिन ले टालमटोल कइलें. बाद में पहिले वरिष्ठ पुलिस अधिकारी रहल लोग के दखल का बाद बियफे का दिने केस लिखल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts