भाग ना बाचे कोई : 20 सितम्बर से महुआ पर नया धारावाहिक

भोजपुरिया दर्शकन के चहेता टीवी चैनल महुआ टीवी २० सितम्बर से एगो नया पारिवारिक धारावाहिक भाग ना बाचे कोई के प्रसारण शुरु कर रहल बा जवन सोमार से बियफे हर रात साढ़े सात बजे से देखावल जाई.

एह धारावाहिक में दहेज आ लड़की के शादी से जुड़ल कई गो सुलझल बेसुलझल पहलू देखावल जाई जवना के चेहरा अब ले समाज के नइखे देखावल गइल. देखावल जाई कि कइसे दहेजलोभी पहिले त लड़की के दहेज का तराजू पर तउले लें आ जब लड़की के बाप अपना भर जिनिगी के कमाई झोंक के ओह तराजू पर भारी साबित हो जाला त लड़िका वाला ओकरा बाद लड़की के सूरत आ सीरत के पैमाना पर तउले लागेले आ एह तउल में कई बेर लड़की असफल हो जाली स.

भाग ना बाचे कोई के कहानी अइसने एगो बाप के बा जवन आर्थिक रुप से असक्षम बा आ अपना भर जिनिगी के कमाई दिहला का बादो लड़की लायक बढ़िया लड़िका नइके खोज पावत. एह निराशा मे ऊ जिंदा लाश बनि के रह जात बा. कहानी के नायिका सर्वगुण संपन्न होखला का बादो एगो मामूली कमी से हर बेर छँटा जात बिया, आ तबहियो ऊ धीरज आ साहस बनवले मुस्कात रहत बिया. बाकिर एक दिन ओह बाप के जान बचावे खातिर सच्चाई आ इमानदारी से रचल बसल ई परिवार एक दिन खुदही इमानदारी के साथ छोड़ देत बा.

भाग ना बाचे कोई के निर्माण श्रेया क्रिएशन के शील कुमार कइले बाड़न जे एह से पहिले बालीवुड में पाप, रोड, जिस्म, आ धोखा जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल बाड़े. एकरा अलावे ऊ कलर्स चैनल पर “भाग्य विधाता” जइसन लोकप्रिय धारावाहिको के निर्माण करत बाड़े. ओहि “भाग्यविधाता” धारावाहिक के निर्देशक मुकेश कुमार एहू धारावाहिक भाग ना बाचे कोई के निर्देशन करत बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।