चीन का साथे युद्ध के सुगबुगाहट

लद्दाख के गलवान घाटी में काल्हु चीन का साथे भइल सैनिक भिड़न्त में भारत के 20 गो सैनिक बलिदान हो गइलें. एहमें एगो कर्नल आ दू गो जवान के मौत के खबर पहिले आइल रहुवे बाकिर बाद में सेना का तरफ से जारी बयान में कहल गइल कि दुर्गम इलाका आ बहुते पाला का चलते घवाहिल 17 गो सैनिकनो के बचावल ना जा सकल आ ओही लोग के मौत हो गइल.
अपुष्ट खबर इहो बा कि चीनो के अनेके सैनिक एह झड़प में मराइल बाड़ें बाकिर कोरोना मौत के खबर में हेरफेर करेवाला चीन से उमीद ना कइल जा सके कि ऊ अपना तरफ भइल नुकसान के खुलासा करी.
भारत के कहना बा कि झड़प का पीछे चीनी सेना के दोगलई बा कि सहमति बनला का बावजूद ऊ मौका पर एकतरफा हालात बदले के कोशिश कइलसि जवना के भारत माने के तइयार ना रहुवे.
ऐने देश में चीन के पक्षधारी आ देश के विपक्षियन के कहना बा कि भारत चीन का साथे माथ स्तर पर बातचीत क के मामिला सलटावे. दुख के बात बा कि ना त राहुल गाँधी ना बँवारा गिरोह एह झड़प खातिर चीन का खिलाफ कुछ बोलल. चीनी पइसा पवले कुछ मीडियो में एह झड़प के एकतरफा रपट देखावल बतावल गइल.
दुनु देश का बीय एह तरह के सैनिक भिड़न्त 53 बरीस बाद भइल बा. अब चुंकि भारत चीन के दादागिरी बरदाश्त करे ला लइयार नइखे त एह तरह के भिड़न्त आगहूं होखत रहे के पूरा संभावना बा अगर चीन आपन बेवहार ना बदललसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।