योगी सरकार में मुस्लिम चेहरा बलिया के दानिश आजाद अंसारी

भाजपा के मुसीबत होला कि ओकरा मुसलमानन के वोट अंगुरिए पर गिने लायक मिलेला, इहां ले कि योगी के गोरखोपुर में उनुका इलाका के कई मुस्लिम बहुल बूथन पर दस दसो गो वोट नइखे मिलल. जबकि सरकार के दीहल सुविधा जम के बाँचल गइल बा मुसलमानन के. खैरात में सुविधा लीहल लीहल हराम ना होखे बाकिर भाजपा के वोट दीहल हराम मानल जाला. एही सब का चलते अकसरहां भाजपा कवनो मुसलमान के टिकट ना देव बाकिर सरकार बनावत घरी सब्जी में पड़े वाला तेजपत्ता का तरह मुसलमान चेहरा जरुरी हो जाला. तेजपत्ता सब्जी के स्वाद बढ़ा देला एकरा बावजूद खात घरी ओकरा के एक तरफ हटा दीहल जाला.

आदित्यनाथ योगी के पिछला मंत्रिमंडल में मुसलमान चेहरा का नाम पर क्रिकेट खिलाड़ी रहल मोहसिन खान के मौका दीहल गइल आ अबकी बेर बलिया के बाँसडीह विधानसभा में पड़े वाला गाँव अपाएल में 30 मई 1988 के जनमल दानिश आजाद अंसारी के ई मौका दीहल गइल बा.

अइसन नइखे कि दानिश अचके में आसमान से टपकल बाडे़ं भाजपा में. पिछला करीब बारह बरीस से ऊ संघ के विद्यार्थी संगठन विद्यार्थि परिषद से जुड़लें आ तबेसे ऊ संघ परिवार के संगठन से जुड़ल बाड़न.

बलिया के होलीक्रास स्कूल से बारहवीं पास कइला का बाद दानिश लखनऊ आ गइलें. बरीस 2006 में लखनऊ विश्वविद्यालय से बीकॉम कइला का बाद मास्टर ऑफ क्वालिटी मैनेजमेंट अउर मास्टर ऑफ पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन के पढ़ाई कइले बाड़न दानिश. पिछला सरकार में दानिश अंसारी के राज्यमंत्री के दरजा मिलल रहुवे उर्दू भाषा परिषद के जिम्मा दे के. बाद में एह चुनाव से पहिले दानिश के भाजपा अल्पसंख्यक मोर्चा के महामंत्री बनावल गइल रहुवे.

भारतीय जनता पार्टी सरकार में शामिल होखला का बारे में दानिश अंसारी के कहना बा कि उनुका के मंत्री बनावल एगो समर्पित कार्यकर्ता में गोल के माथ नेतृत्व के भरोसा देखावत बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।