जेल में बन्द नीरा यादव के जमानत पर फैसला परसों

भ्रष्टाचार का आरोप में जेल में बन्द यूपी सरकार के पूर्व मुख्य सचिव नीरा यादव के जमानत याचिका पर फैसला तेरह दिसम्बर के कइल जाई. उनका के मिलल जेल के सजाय के चुनौती देबे वाली याचिका इलाहाबाद उच्च न्यायालय सकार लिहले बा. पिछला सात दिसम्बर के नीरा यादव आ फ्लेक्स इन्डस्ट्रीज के चेयरमैन अशोक चतुर्वेदी के जमीन घोटाला का एगो मामिला में चार चार साल के सजा सुनावल गइल. नीरा यादव मुलायम सिंह यादव का जमाना में यूपी के चीफ सेक्रेटरी रहली. जेल में बन्द नीरा से भेंट करे एक दिन मुलायम सिंह के बेटा अखिलेश यादव गइल रहलें. नीरा यादव देश के पहिला आईएएस आफिसर रहली जेकरा के भ्रष्टाचार का मामिला में कोर्ट का आदेश का चलते बर्खास्त कइल गइल. शायद नीरा यादव के मिलल सजा से बाकि बेइमान आफिसरनो के कुछ सीख मिलल होखी आ आगा से ऊ अउरी बेसी सफाई से भ्रष्टाचार करीहें. बिना कइले त अधिकतर आफिसर रहिये ना सकस, आ अगर कुछ लोग रहलो चाही त देश के नेतवा ओकरा के रहे ना दीहें सँ.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।