आपरेशन व्हाइटवाश चालू बा

आजु होत भिनुसारे सीबीआई के अधिकारी राष्ट्रमण्डल खेल आयोजन के मुखिया सुरेश कलमाडी का दिल्ली आ पूणे आवास पर छापा मार दिहलसि. छह महीना का सुगबुगाहट का बाद अब जा के सीबीआई के अतना हिम्मत हो सकल, भा ओकरा इशारा मिलल, जवना का बाद सुरेश कलमाडी पर छापा पड़ल. विपक्ष आ मीडिया के संदेह बा कि सब कुछ आपरेशन व्हाइट वाश हो सकेला काहे कि अतना देर बाद पड़ल छापा में कुछ भेंटाये के उम्मीद कमे बा. अलगा बाति बा कि हो सकेला कि ई लोग अतना बेफिकिर होखो कि सुबूत मिटावे के जहमत ना उठवले होखो. दोसरा तरफ पू्र्व दूरसंचार मंत्री ए राजा से आजु सीबीआई पूछताछ कर रहल बिया. ई उहे राजा हउवन जिनका के बचावे खातिर केन्द्र सरकार हर जहमत उठवलसि बाकिर जब पानी नाक से उपर आ गइल तब मजबूरन उनका के किनारे लगावे के पड़ल. देखल जाव कि एह बड़ भठियारन के खिलाफ सरकार कुछ करल चाहत बिया कि सब कुछ देखावा भर बा. कहले जाला हाथी के देखावे वाला आ खाये वाला दाँत अलग अलग होला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।