जावेद अख्तर के हुक्का पानी बन्द करे के फैसला

बालीवुड निर्मात संघ तय कइले बा कि शायर गीतकार आ पटकथा लेखक जावेद अख्तर से कवनो तरह के संबंध ना राखल जाई. निर्माता लोग के जावेद से शिकायत बा कि ऊ संसद से कानून पास करावे में लागल बाड़न जवना का बाद गीत संगीत के मूल अधिकार निर्माता का लगे से हट के गायक, संगीतकार, आ गीतकार के दे दिहल जाव. निर्माता लोग के कहना बा कि तब ई लो मेहनताना ले के काम करल बन्द करे आ फिल्म निर्माण में हिस्सेदार बन के काम करे. फायदा होखे त फायदा, आ घाटा होखे त घाटा उठावे लोग. अबही सगरी जोखीम निर्माता का कपारे बा. फिल्म डूबल त निर्मातो डूब जाला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।