जान के बाजी हार गइलें संजय दत्त

मुंबई हाई कोर्ट संजय दत्त के दू गो परिसंपत्ति जब्त करे के आदेश दे दिहले बिया. एह साल जनवरी में आल इन्डिया मोशन पिक्चर्स प्रोड्यूसर्स एसोसिएशन एगो विवाद में पंचयति कर के संजय दत्त के दू करोड़ रुपिया के हरजाना देबे के कहले बिया. सजय दत्त पर एगो निर्माता शकील नूरानी के आरोप बा कि ऊ “जान के बाजी” फिल्म खातिर पचास लाख रुपिया के साइनिंग अमाउन्ट लिहला का बादो शूटिंग के तारीख ना दिहलन जवना से ओकर डाँड़ टूट गइल आ निर्माता फाईनेन्सर के करोड़ो के कर्जदार हो गइल. अब संजय दत्त या त ओह नुकसान के भरपाई कर देस या अपना परिसंपत्ति के नीलाम हो जाये देस. संजय दत्त के कई बेर बातचीत करे खातिर बोलावल गइल बाकिर ऊ हाजिर ना भइलन. मजबूरन इम्पा बिना उनकर पक्ष सुनले फैसला दे दिहलसि.

संजय दत्त, शकील नूरानी, जान के बाजी

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।