एम्स के निजीकरण का खिलाफ जदयू के चेतावनी
-

जनता दल यू आजु केन्द्र सरकार के चेतवलसि कि ऊ एम्स के निजीकरण करे का कोशिश से बाज आवे ना त जदयू आन्दोलन करी. एम्स के प्राइवेट वार्ड के फीस बढ़ा दिहल गइल बा. सरकार के कहना बा कि एहू से मिलल धन के इस्तेमाल आम आदमी के स्वास्थ्य सेवा देबे में कइल जाई. सरकार के कहना बा कि जनरल वार्ड के फीस में कवनो बदलाव नइखे होखे वाला. बाकिर जदयू के अनेसा बा कि सरकार के नीयत साफ नइखे आ एही चलते एम्स के बारे में वेलिथियन कमिटी के रपट के अबले रद्द नइखे कइल गइल आ सरकार हाथ घुमा के नाक पकड़े का कोशिश में लागल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts