मनोज तिवारी का टीम में खेली लालू प्रसाद के बेटा
-

शाहरुख खान के कोलकाता नाइटराइडर्स का तर्ज पर भोजपुरिया मेगास्टार मनोजो तिवारी एगो टीम खरीदले बाड़न बाकिर जेपीएल में. जेपीएल माने झारखण्ड प्रीमियर लीग जवना के मैच मार्च में शुरु होखे जा रहल बा. एह लीग में मनोज तिवारी के टीम फ्रंटलाइन जमशेदपुर जाबांज का तरफ से तेजस्वी यादव खेलीहें जे एहसे पहिले दिल्ली डेयरडेविल्स के हिस्सा रह चुकल बाड़न. एही टीम में पटना मध्य से भाजपा विधायक अरुण सिन्हा के बेटा आशीषो सिन्हा खेलीहे. फ्रंटलाइन के प्रबंध निदेशक नरेन्द्र सिंह के कहना बा कि टीम के नाम भले जमशेदपुर पर बा बाकिर अधिकतर खिलाड़ी बिहार से बाड़े. कहलन कि बिहार में ना त खेल सुविधा बा, ना माहौल. बिहार के बीसीसीआई से मान्यतो नइखे मिलल. एह चलते एहिजा के खिलाड़ीयन के मंच नइखे मिलत. एह टीम में खिलाड़ीयन के चयन ओह लोग का योग्यता का आधार पर कइल गइल बा आ एहमें चार पाँच गो अइसन खिलाड़ी बाड़े जे भविष्य में आईपीएलो से खेल सकेले. टीम कप्तान रणजी स्टार मिहिर दिवाकर रहीहें. जेपीएल में जमशेदपुर जाबाँज का अलावे राँची रेंजर्स, धनबाद डायमण्ड, बोकारो बुल्स, आ सिंहभूम शेर शामिल बाड़े.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..