मौत का दौड़ करावत घरी डाक्टरो मौजूद रहल करीहे

यूपी पुलिस में दारोगा पद पर प्रोन्नति लेबे खातिर सिपाहियन के दस किलोमीटर ले दउड़ावे वाला परीक्षण कई सिपाहियन खातिर मौत के सनेसा ले के आइल. प्रोन्नति के एह दौड़ के लोग अब मौत के दौड़ कहे लागल बा. काल्हू पुलिस महानिदेशक आदेश दिहले कि अब से एह दौड़ का समय डाक्टर के मौजूदगी अनिवार्य रही आ हर दू किलोमीटर का दौड़ का बाद सिपाहियन के दशा पर नजर राखल जाई. अब ले एह दौड़ मेंकई लोग के जान जा चुकल बा आ कई दर्जन सिपाही मुअत मुअत बाचल बाड़े.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।