ठनका गिरला से तेरह लोग के मौत

बिहार का औरंगाबाद जिला में दाउदनगर प्रखंड के कई गाँवन में आसमान से बिजली गिरला से एगारह लोग के मौत होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन लोग एह ठनका में झँउस गइल बा. पसवाँ, जमुआवां, चिलकी अम्बा, बालाकरमा वगैरह गाँवन में बिजली गिरला के खबर बा.
एक आदमी के मौत अरवल जिला के कलेर थाना के बिलाव गाँव में आ एगो औरत के मौत बक्सर जिला के डुमरांव थाना के नंदनगाव में भइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।