उत्तर प्रदेश के खबर, मंगल 30 अगस्त का दिने
  • उत्तर प्रदेश सरकार मंगल का दिने भारतीय पुलिस सेवा के वरिष्ठ अधिकारी अतुल गुप्ता के राज्य के अगिला पुलिस महानिदेशक बना दिहलसि. अतुल गुप्ता 31 अगस्त के सेवानिवृत्त होखत पुलिस महानिदेशक करमवीर सिंह के जगह लीहें.
  • पुलिस के कहना बा कि केंद्रीय कानून मंत्री रहल शांति भूषण आ समाजवादी पार्टी अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आ सपा के महासचिव रहल अमर सिंह के बीच भइल बातचीत वाली सीडी असली हवे.
  • उत्तर प्रदेश के मथुरा में मंगल का दिने एगो तेज रफ्तार मिनी ट्रक एके परिवार के तीन आदमी के कचार दिहलसि जवना का बाद लोग सड़क जाम कर दिहल. पुलिस तनीमनी बल लगा के जाम हटवलसि.
  • उप्र में मेरठ के दीवान इंस्टीच्यूट में रैगिंग का विरोध करे वाला छात्र के गोली मारल गइल.
  • उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में एगो मालगाड़ी के तीन डिब्बा पटरी से उतर गइल जवना से लखनऊ-गोरखपुर रेलमार्ग पर रेलगाड़ियन के परिचालन थथम गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के पूर्वी छोर पर बसल कुशीनगर में गन्ना के नया प्रजातियन के विकास खातिर करोड़ों रुपये के लागत से बनावल बाबू गेंदा सिंह गन्ना शोध संस्थान वैज्ञानिकन के कमी का चलते बंद होखे का कगार पर बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय लखनऊ के पूर्व मुख्य चिकित्साधिकारी (सीएमओ) ए.के.शुक्ला के डिप्टी सीएमओ वाई.एस.सचान के मौत का मामिला में सोमार का दिने जमानत दे दिहलिस.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।